मांझी सारण: ( संवादाता राजन सिंह के रिपोर्ट) बिहार के मुख्यमंत्री के द्वारा एगो बहुत ही महत्वपूर्ण योजना आईल रहे , जल नल योजना। लेकिन कहां तक सफल भईल ई ऊपर के तस्वीर के देख के रउवा सब अंदाजा लगा सकीले। जी ई तस्वीर ह मांझी प्रखंड के गोबरही पंचायत के वार्ड नंबर 11 ग्राम चंदउपुर के। ईहां के मुखिया होखस आ चाहे वार्ड सदस्य, केहू भी इंहा जल नल योजना के लेके कउनो बात नईखे करे के चाहत ।
इंहा कौन तरीका से पैसा के लुटाई भईल बा रहुआ सब फोटो देख के ही अंदाजा लगा शकीला। इंहा पर रउवा देंखी कि अभी तक जल मीनार खड़ा त बा, लेकिन ओ पर कौनो टंकी नईखे, कोनो पाइप नईखे । बगल में बोरवेल त हो गईल बा, लेकिन अभी उहां से पाइप चल के जन साधारण आदमी के घर नईखे पहुंच। नल तो केहू केहू के घर लग गईल बा, लेकिन ऊंहा स्वच्छ पानी खातिर लोग तरस रहल बा, कि ना जाने कब मुख्यमंत्री के ध्यान हमनी पर पड़ी आउर ई नल से एगो बून्द पानी के टपकी।
ईहां गांव में पहुंच पर भेंट भईल शिक्षक चंद्रदीप सिंह जी से। उहा के बतावत बानी कि हम मुखिया लगे भी गइल रही , वार्ड सदस्य से भी बात कईनी।लेकिन ए बात के जवाब केहू के पास नइखे । दुनो सज्जन आदमी एक दूसरे पर आरोप लगावत बानी कि हमारा लगे पैसा नइखे त हमारा लगे पैसा नइखे। ई जल नल के नाम पर करोड़ो रुपय्या कहां गईल। सब लोग जानतो बा ए बात के कि पैसा मुखिया लगे आईल रहे, मुखिया से वार्ड सदस्य के पास । दोनों आदमी आज कुछ नईखे बोलत। लेकिन आज चन्दौपुर प गांव के ग्रामीण लोग भुगत रहल बा विकास के नाम पर।उ लोग तरस रहल बा शुद्ध पानी के। लेकिन मुखिया, वार्ड सदस्य ,करोड़ो रुपया डकार गइल बाटे। चंद्रदीप सिंह के कहनाम बा कि हम आज बोलत बानी, लेकिन हमारा उम्मीद बा हमरो पर बहुत सारा लांछन लगा के धमकी देहल जाई। लेकिन फिर भी चंद्रदीप सिंह अपने गांव खातिर आज मुंह खोल के बोलत बानी कि हमारा बोल ला से भी अगर गांव के भलाई हो जाई त कौनो बात नईखे । आज भी ग्रामीण लोग एह आस में बा कि कब जल्दी से जल्दी एह पर प्रशासन के ध्यान जाए कि हमनी के भी शुद्ध जल मिले।
