आपन भोजपुरी भाषा के महानता पर एगो गीत
*****************************
हामार भाषा भोजपुरिया महान बाटे
*****************************
महान बाटे हो... महान बाटे
हामार भाषा भोजपुरिया महान बाटे....
एह भोजपुरियन के कहीं का बयान हो....
इहवें के रहले राजेन्दर महान हो
उनका के जानत जहान बाटे
हामार भाषा भोजपुरिया महान बाटे.....
वीर कुंवर सिंह, मंगल पांडे वीर हो
जयप्रकाश के नावाई ले सिर हो
भिखारी महेन्दर के बहुते बेयान बाटे
हामार भाषा भोजपुरिया महान बाटे....
दुनिया के कोना-कोना में समइले
सुरीनाम मॉरीशस ले झंडा लहराइले
हर जगे इनकर धेयान बाटे
हामार भाषा भोजपुरिया महान बाटे......
कहेलें बिजेन्दर सुनी सभे भाई
एह भोजपुरियन के करीं का बड़ाई
इनका बिना सब बीरान बाटे..
हमार भाषा भोजपुरिया महान बाटे......
महान बाटे हो, महान बाटे
हमार भाषा भोजपुरिया महान बाटे.........
बिजेन्द्र कुमार तिवारी ( बिजेंदर बाबू)
संपादक
साहित्य जगत
भोजपुरी रोजाना
मोबाइल नंबर:-7250299200