सिवान बिहार: टीईटी शिक्षक संघ गोप गुट सिवान के अध्यक्ष शिक्षक अभिषेक कुमार सरकार से मांग कइलन बाड़े कि सरकार जल्दी से जल्दी टीईटी शिक्षक लोग के मांग पूरा करे। टीईटी होखे चाहे एसटीईटी उ एन सी टी ई के मानक के पूरा करत बाड़े। एहि से उनका सम्मान एकरा अनुसार ही होखे के चाही। सरकार के याद होखे के चाही कि टीईटी के शिक्षक जे शिक्षक पात्रता परीक्षा पास हो के शिक्षक बनल बा ओ के नियक्ति के जगह गलत रणनीति के तहत नियोजित बना देहल गइल । ई बहुते दुर्भाग्य पूर्ण बाटे। जे भी ई प्रकार के शिक्षक बाटे उनका नियमित कर के नियमित के जइसन वेतनमान आउर सब सुविधा मिले के चाही। टीईटी शिक्षक के मांग पर सर्वोच्च न्यायलय भी पारा 78 में बेहतर पे स्केल के सुझाव दे चुकल बा। ई आदेश के पालन भी करे में सरकार पीछे हट रहल बिया।एहि कारण पूरा शिक्षक समाज दुखी बा। सरकार के मनसा कभी साफ नइखे दिखत। हर बार झूठा वादा कर के शिक्षक के मुह पर ताला लगा देत बिया।
पूरा बिहार के शिक्षक अबकी एक जुट होके फिर से आंदोलन करिहें अगर सरकार बात ना मानी।
अंत मे संघ के अध्यक्ष जी कहले की अभी भी हमार सरकार से कर जोर विनती बा कि बात मान ली आउर हमनी के पूरा सम्मान के जिए के हक दिहीं।
