ई छपरहिया हीरो के चर्चा सबके जुबान पर
-----------------------------------
सारण (बिहार) संवाददाता बी के भारतीय: ई फोटो शिवम के ह। जी, इनकर पूरा नाम ह शिवम सिंह। इनकर घर खैरा के ककढ़ियां ह। इनकर बाबू जी अभी महाराजा सयाजीराव विश्वविद्यालय, बड़ोदरा में संगीत विभाग के प्रोफेसर बानीं,जिनकर नाम ह-प्रोफेसर डाक्टर अश्विनी सिंह। सारण के वरिष्ठ पत्रकार मनोज कुमार सिंह की पत्नी के बड़े भाई साहब प्रोफेसर डॉक्टर अश्विनी सिंह।
बात ई बा कि बड़ोदरा आ बिहार के का कहीं पूरा भारत में हरेक नागरिक के जुबान पर अभी छपरहिया हीरो शिवम के ही चर्चा बा। काहे की इनकर सलेक्शन "इंडियन आइडल" में हो चुकल बा। आ अबकी बार एगो इतिहास रचे के कगार पर बाड़े ई।
अभी इनकर शूटिंग चल रहल बा मुम्बई में। 3 सितंबर आ 4 सितंबर के इनकर एपिसोड्स के टेलिकास्ट हो जाई सोनी टीवी पर।
बात छपरा के माटी के बा, संगीत के बा, आ एह छोट बेटा के भविष्य के बा। इनका के हमनीं के आसीरबाद दे के शीर्ष तक ले जाये के बा।