हरदम मुस्कुराइले..
बिजेन्द्र कुमार तिवारी (बिजेन्दर बाबू)
________________
पहचान बनावे खातिर,
जी जान लगाइले।
केतनो परेशानी होखे,
हरदम मुस्कुराइले।।
देख के मुस्कान हमरो,
सज्जन लोग लुभाला।
दुर्जन के पिछु जरे,
अपने भाग पराला।।
जे इज्जत जोगावल खाली,
ओहसे नेह लगाइले।
बेहाया बेबिचारी लोग से,
आपन मुँह चोराइले।।
सुनऽ बिजेन्दर जेकरा माथे,
बा इज्जत के ताज।
ओकरा साथे नेह लगाईं,
जोड़ीं साथ समाज।।
पाक-साफ मन राखीं,
साबका के बताइलें।
केतनो परेशानी होखे,
हरदम मुस्कुराइले।।
बिजेन्द्र कुमार तिवारी
🙏बिजेन्दर बाबू🙏
गैरतपुर माँझी
सारण बिहार
मोबाइल नंबर:- 7250299200