Type Here to Get Search Results !

अनियंत्रित ट्रेक्टर पलट गईला से एगो नौजवान के मौत, एगो घायल

भोजपुरी रोजाना 0


माँझी (बिहार): छपरा जिला के माझी प्रखंड क्षेत्र में महम्मदपुर गॉव के झुखिडिया माई पथ पर आज एगो शौचालय के टंकी वाला ट्रैक्टर पलट गईला से एक नौजवान के मौके पर ही मौत हो गईल। उहें उनकर साथी गंभीर रूप से घायल हो गईल बाड़े। उनका के गंभीर इलाज खातिर छपरा रेफर कर देहल बा। घटना के बारे में बतावल जात बा कि मृतक सिसवन प्रखंड के रामगढ़ निवासी 19 वर्षीय धर्मेन्द्र बांसफोड़ अपना परिवार के भरण पोषण ट्रैक्टर चला के करत रहलन। आज अचानक उनकर टैक्टर अनियंत्रित होकर गड्ढे में पलट गईल ह अउर ट्रैक्टर से दब के मौत हो गईल। उहें ट्रैक्टर के चालक गंभीर रूप से घायल हो गईले। उनका के आनन-फानन में आसपास के लोग के मदद ले के पहिले एकमा के अस्पताल में पहुंचावल गईल लेकिन गंभीर स्थिति देख के डॉक्टर उनका के छपरा रेफर कर देहलन ह।
 अइसन बतावल जात बा कि मृतक के पिता 15 साल पहले ही गुजर गईल रहलें। आपन परिवार के भरण-पोषण इहे करत रहलन ह। दुर्घटना के बाद परिवार में चीख पुकार मच गईल। एह घटना के सूचना पा के माझी थाना पहुंचल अउर लाश के आपन कब्जा में ले के पोस्टमार्टम खातिर छपरा भेज देले बाड़ें।

Post a Comment

0 Comments
* Please Don't Spam Here. All the Comments are Reviewed by Admin.