Type Here to Get Search Results !

कइसे काहाई जनतंत्र.....

BKB News Broadcasting 0

कइसे काहाई जनतंत्र.....

✍🏻बिजेन्द्र कुमार तिवारी, गैरतपुर, (सारण) 7250299200
 
भोजपुरी रोजाना

जन के ना बात बुझे, अइसन बड़ुवे तंत्र,
अइसे में कइसे काहाई जनतंत्र......

पढ़ल बेरोजगार भइलें, भईल किसान बेहाल
दुखिया अउर गरीब के भइया, देखीं कवन हाल,
सगरो लूट के छूट मिलल बा, मरलस कवन मंत्र..
अइसे में कइसे काहाई जनतंत्र..............

महंगाई के मार से देखीं, जनता भइल तबाह,
इज्जत से जिनगी जिये के, लउकत नइखे राह
मंत्री करे मनमानी जइसे होखे षड्यंत्र 
अइसे में कइसे काहाई जनतंत्र.......

जाती अउरी क्षेत्रवाद के छोड़ीं तनीं गुमान
नेक नीयत से, सोच समझ के,करीं अब मतदान
इहे बड़ुवे, ठीक करे के, सबसे निमन यंत्र
अइसे में कइसे काहाई जनतंत्र......

कहस बिजेन्दर हरदम रउआ सोच के बटन दबाईं
आपना से भारत माई के करजा आप चुकाईं
ना तऽ होई दुर्दासा जइसे होखे परतंत्र
अइसे में कइसे काहाई जनतंत्र......

Post a Comment

0 Comments
* Please Don't Spam Here. All the Comments are Reviewed by Admin.