मांझी सीट पर अड़ गए खेसारी लाल यादव, बोले — “चंदा देवी मांझी से ही लड़िहें, दोसरा इलाका मंजूर ना”
भोजपुरी रोजाना
सारण (बिहार) संवाददाता मनोज कुमार सिंह: भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार और गायक खेसारी लाल यादव अब खुलकर मांझी विधानसभा सीट पर अपनी दावेदारी ठोक दिहले बानी। खेसारी लाल यादव के कहना बा कि अगर उनकी पत्नी चंदा देवी को टिकट मिलता है तो वे मांझी से ही चुनाव लड़ेंगी, नहीं तो वे किसी भी दूसरे क्षेत्र से चुनाव नहीं लड़ेंगी।
खेसारी लाल यादव के कहना बा कि “मांझी हमरा ससुराल ह, आ चंदा देवी के मायका ह, एहसे ई इलाका हमनी के भावना से जुड़ल बा। हम तेजस्वी यादव से मिलके साफ-साफ कह दिहनी कि मांझी के अलावा दोसरा कोई इलाका मंजूर ना।”
बतावल जा रहल बा कि खेसारी लाल यादव के पत्नी चंदा देवी को यूपी के पूर्व मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के कहला पर चुनाव लड़ने के प्रेरणा मिली बा। खेसारी लाल यादव अपने करीबी लोगों से बातचीत में कहलन कि चंदा देवी मांझी से ही मैदान में उतरे के मन बना लिहली बिया।
एह बीच मांझी क्षेत्र में राजनीतिक सरगर्मी तेज हो गइल बा। लोग चर्चा करत बा कि खेसारी लाल यादव के बयान से वर्तमान माकपा विधायक डॉ. सत्येन्द्र यादव के माथा पर चिंता के लकीरें बढ़ गइल बानी। उ किसी भी हाल में मांझी सीट छोड़ना ना चाहत बानी।
मांझी में पहले से एनडीए के अंदर खटपट के बाद अब महागठबंधन में भी हलचल मच गइल बा। बरेजा, फरूसही समेत आसपास के गांवों में लोग के बीच चर्चा तेज बा।
गांव-गांव में युवाओं में जबरदस्त उत्साह देखे के मिल रहल बा। कई लइकन के टोली उत्साहित होके चर्चा करत नजर आइल कि अगर चंदा देवी चुनाव लड़िहें त ए बार मांझी में भोजपुरी स्टार्स के जलवा देखे के मिलेगा। साथे भोजपुरी गाना आ फिल्मी माहौल से इलाका गूंज उठी।
Khesari Lal Yadav Manjhi News, Chanda Devi Election 2025, Bihar Election 2025, Manjhi Vidhan Sabha, Khesari Wife Chanda Devi Ticket, Mahagathbandhan Bihar Politics, Bhojpuri Star Khesari Yadav Politics