मिलके देश बचाईं.........
✍🏻बिजेन्द्र कुमार तिवारी (बिजेन्दर बाबू)
सुनुगत बा नफरत के आगी, मिलके चलीं बुताईं
राजनीति के चिंगारी से, ओके मत लहकाईं
सबसे पहिले देश बा भइया, मिलके देश बचाईं
सुनुगत बा नफरत के आगी मिलके चलीं बुताईं
रउआ जुलूम के जाल बिछा के, चिकन बात बनाइले
जात धरम के जोर बर के, आपस में लड़वाइले
होत नाम बदनाम देश के, समझीं आ समझाईं
गुण्डा पुलिस कुछउ जोड़ीं, सबके एक बनाईं
सबसे पहिले देश भइया.........
राष्ट्रधर्म के नाम पर रउआ, करीं राष्ट्र कमजोर
रउरा बेशर्मी पर राउर, चले ना कवनो जोर
सुनीं समझीं ना केहू के, अपने खूब सुनाईं
सबसे पहिले देश भइया........
बात बात पर महापुरुषन के खूब करीं उपहास
रउरा आपना करनी पर, ना बा खुद के विश्वास
नेक काम में नेह लगाईं, मरल ज़मीर जगाईं
सबसे पहिले देश भइया......
कहस बिजेन्दर सुन लीं जे बा, सत्ता मद में चूर
आपना कुकर्मी पर भी उ, करी सदा गुरुर
छोड़ीं बड़ाई बेशर्मी के, लाज शरम मत धोईं
सबसे पहिले देश भइया........
![]() |
✍🏻बिजेन्द्र कुमार तिवारी (बिजेन्दर बाबू) 7250299200 |