Type Here to Get Search Results !

कुकुर गाय पर भारी बा.......

Shreshth News Broadcasting 0

 कुकुर गाय पर भारी बा.......

               

✍️बिजेन्द्र कुमार तिवारी (बिजेंदर बाबू)

देखऽ आज समाज में फइलल
कइसन बड़ बेमारी बा
सज्जन माथ पकड़के धूने
दुर्जन के खुमारी बा
प्रशासन के लाचारी बा
इहे बड़ बेमारी बा
दुष्टन के अब दुराचार से
कलपत हर नर नारी बा
जाने कवन लाचारी बा
कुकुर गाय पर भारी बा।।
                
जुलूम देख के मन मुस्काए
भइल लोग व्यभिचारी बा
साँच के साथ ना देवत केहू
झूठ के पलड़ा भारी बा
देखऽ भारत के सुराज में
जुलूम आज भी जारी बा
भूख मिटे ना हीं गरीब के
कलपत हर नर नारी बा
जाने कवन लाचारी बा
कुकुर गाय पर भारी बा।।
                 
कहऽ बिजेन्दर कब ले चली
बेशर्मी के खेल
झूठ बोल लोग माल बघारे
साँच खटेला जेल
बिलख द्रौपदी श्याम पुकारे
खींचत दुशासन साड़ी बा
हे रघुवीर राख लीं हमके
जिनगी जियल अब भारी बा
मेल के खेल चलत बा सगरो
भइल मेल दुस्वारी बा
जाने कवन लाचारी बा
कुकुर गाय पर भारी बा।।

               
✍️बिजेन्द्र कुमार तिवारी (बिजेन्दर बाबू)
गैरतपुर, माँझी, छपरा, बिहार
मोबाइल नंबर:- 7250299200

Post a Comment

0 Comments
* Please Don't Spam Here. All the Comments are Reviewed by Admin.