Type Here to Get Search Results !

भोजपुरी साहित्य विकास मंच के ओर से अरुणेश नीरन के श्रद्धांजलि सभा आयोजित, कहल गइल – "भोजपुरी के एगो सदी खतम हो गइल"

BKB News Broadcasting 0

 भोजपुरी साहित्य विकास मंच के ओर से अरुणेश नीरन के श्रद्धांजलि सभा आयोजित, कहल गइल – "भोजपुरी के एगो सदी खतम हो गइल"



भोजपुरी रोजाना

कोलकाता: भोजपुरी साहित्य के मूर्धन्य विद्वान अरुणेश नीरन के श्रद्धांजलि देबे खातिर भोजपुरी साहित्य विकास मंच के ओर से ऑनलाइन श्रद्धांजलि सभा के आयोजन कइल गइल। एह अवसर पर देश-विदेश से जुड़ल साहित्यकार, चिंतक आउर कलाकार लोग भावनात्मक शब्दन में उहाँ के याद कइलस। सभा के अध्यक्षता मंच के केंद्रीय कोर कमेटी अध्यक्ष डॉ. सुधाकर तिवारी कइले।

श्रद्धांजलि देत डॉ. सुधाकर तिवारी कहलन – “घर छोड़ के जइबऽ तऽ भोजपुरी छूट जाई”, ई अरुणेश नीरन जी के सोच रहल, जवना से ऊ सदा अपना माटी से जुड़ल रहलन। ऊ बड़ा-बड़ा पद के त्याग कर के भोजपुरी खातिर अपना जिनगी समर्पित कर देले रहलन।

डॉ. विमलेश त्रिपाठी कहलन कि नीरन जी भोजपुरी के ओइसन थाती रहलन जवना के भरपाई कर पावल आसान नइखे। डॉ. शैलेश सिंह कहलन कि ऊ “भोजपुरी के नामवर सिंह” रहलन, आउर उनका के सच्चा श्रद्धांजलि तबे मिली जब हमनीं उनका बतावल रास्ता पर चलब।

सभा के संचालन करत प्रकाश प्रियांशु कहलन कि अरुणेश नीरन जी के निधन से भोजपुरी साहित्य में एगो सदी के अंत हो गइल बा। उनकर रचना ‘भोजपुरी वैभव’ के ऊ साहित्य के अनमोल धरोहर बतवलन।

एह सभा में महेश प्रसाद (छपरा), अभिषेक श्रीवास्तव (पटना), प्रसिद्ध संगीतकार गुड्डू गुलशन, जतिन शुक्ला, प्रिया श्रीवास्तव, सुनील कुमार सिंह (हुगली), अशोक कुमार पांडेय (कोलकाता), विनोद यादव आउर अनेकों साहित्यप्रेमी आउर कलाकार सामिल रहलें।

गुड्डू गुलशन अपना भावुक गीत से नीरन जी के श्रद्धांजलि अर्पित कइलें, जबकि बहुत लोग आपन-आपन रचना आउर संस्मरण से उनका के नमन कइलें। सभा के आखिर में सुनील सिंह धन्यवाद ज्ञापन करत कहलन कि अरुणेश नीरन अब भले हमारे बीच नइखन, बाकिर उनकर सृजन आउर विचार हम सबके हमेशा प्रेरित करत रही।

ई श्रद्धांजलि सभा भोजपुरी समाज आउर साहित्य खातिर एगो भावनात्मक अउर ऐतिहासिक घड़ी रहल, जहाँ सभे मन से मान लिहलस कि अरुणेश नीरन केवल एगो लेखक ना, बलुक भोजपुरी आत्मा के जीयत जागत प्रतीक रहलन।


Post a Comment

0 Comments
* Please Don't Spam Here. All the Comments are Reviewed by Admin.