Type Here to Get Search Results !

हाही बेहाया : बिजेन्द्र कुमार तिवारी

भोजपुरी रोजाना 0

      हाही बेहाया......  


   बिजेन्द्र कुमार तिवारी (बिजेन्दर बाबू) 


************************
नाहीं एके लाज नाही धरम ना दाया
का कहीं बिया इ तऽ हाही बेहाया..
                   
चले के ना लूर ना सहुर कवनो बात के
मान के ना भान,ना ठेकान एकरा जात के
एकारा के घेरले बा शैतान वाला साया
का कहीं बिया इ तऽ हाही बेहाया
                       
करे नाहीं करे देवे, नेक निमन काम
साफ मेहनती लोग के करे बदनाम
कुल्ही संस्कार के इ कइलस साफाया
का कहीं बिया इ तऽ हाही बेहाया..
                     
गुण के आभाव में सजवले बिया रुप
बात करत एकारा से हो जाला हूक
बदलेले खूब इ डरेस नाया-नाया
का कहीं बिया इ तऽ हाही बेहाया...
                     
रहिह बिजेन्दर बाबू एकारा से बच के
भेजलें विधाता चारू ओर से ओरच के
हमरो पर बनइह आशीर्वाद वाला छाया...
का कहीं भइया इ तऽ हाही बेहाया...
-------------------------------
 ✍️बिजेन्द्र कुमार तिवारी
🙏बिजेन्दर बाबू🙏
गैरतपुर, माँझी
सारण, बिहार
मोबाइल नंबर:-
7250299200

Post a Comment

0 Comments
* Please Don't Spam Here. All the Comments are Reviewed by Admin.