Type Here to Get Search Results !

माँझी में बियाह के झांसा देके नाबालिग से दुष्कर्म, केस दर्ज!

BKB News Broadcasting 0

माँझी में बियाह के झांसा देके नाबालिग से दुष्कर्म, केस दर्ज!

भोजपुरी रोजाना

सारण (बिहार): माँझी थाना इलाका के मुबारकपुर गाँव में एक नाबालिग लइकी से बियाह के झांसा देके दुष्कर्म करे के आरोप लगल बा। बलिया जिला के बैरिया थाना इलाका के सिपाही रजक गांव के रहनिहार 18 बरिस के एक लइकी माँझी थाना में लिखित आवेदन देके विशाल कुमार यादव के खिलाफ कार्रवाई के मांग कइले बा। पुलिस मामिला दर्ज क के अनुसंधान शुरू कइले बा।

पीड़िता के कहनाम बा कि ऊ पहिले आपन मामा के बियाह में मुबारकपुर गांव आइल रहली, ओही दौरान विशाल कुमार यादव से जान-पहचान भइल। बात-बात में प्यार हो गइल आ 27 जून के ऊ लइका ओकरा के फोन करके माँझी बुलवलस।

आरोप बा कि विशाल ओकरा के रसूलपुर थाना इलाका के एगो होटल में ले गइल आ ओहिजा एके कमरा में राख के जबरदस्ती शारीरिक संबंध बनवलस। ओकरा बाद विशाल ओकरा के मेहेंदिया मंदिर ले जा के सिंदूर डाल के शादी के नाटक कइलक आ रात में फेरु मुबारकपुर गांव घरे ले आइल।
दूसरका दिन जब लइकी ओकरा घरे रहे के कहली त ऊ साफ मना कर देलक आ घर से निकाल देलक।

मामिला के गम्भीरता देखत पुलिस माँझी थाना कांड संख्या 240/25 के तहत बीएनएस की धारा 69 में केस दर्ज क के एसआई नविता रानी के जांच के जिम्मेदारी देले बा। पुलिस कहले बिया कि दोषी के जल्दे गिरफ्तार क के सख्त कार्रवाई कइल जाई।

Post a Comment

0 Comments
* Please Don't Spam Here. All the Comments are Reviewed by Admin.