Type Here to Get Search Results !

शुक्रवार के दिन फेरू अंडा मिली: मिड-डे मील योजना में फेरबदल!

BKB News Broadcasting 0

 शुक्रवार के दिन फेरू अंडा मिली: मिड-डे मील योजना में फेरबदल!




भोजपुरी रोजाना


पटना (बिहार): बिहार सरकार अब शुक्रवार के मिड-डे मील में अंडा फेरु शामिल करे जा रहल बा। ई फैसला पशुपालन आ मत्स्य संसाधन विभाग से मिलल नया सलाह के आधार पर भइल बा, जहाँ कहल गइल बा कि अंडा के बढ़िया से पकावल जाए त ई सुरक्षित होला आ सेहत के कवनो खतरा ना होखे। 

    एह से पहिले मार्च 2025 में बर्ड फ्लू के चलते शिक्षा विभाग अंडा के मेनू से हटा के ओकर जगह मौसमी फल—जइसन कि सेव भा केला—देवे के आदेश जारी कइले रहुवे। बाकिर अब अपर निदेशक (पशु उत्पाद) ई बात के पुष्टि कइले बाड़ें कि 70 डिग्री सेल्सियस पर पकावे से सगरी बैक्टीरिया आ वायरस खत्म हो जाला।

  निदेशक विनायक मिश्र के दस्तखत से जारी आदेश में सभ जिला कार्यक्रम पदाधिकारी लोग के कहल गइल बा कि अब से फेरू हर शुक्रवार के अंडा देवे के सुनिश्चित कइल जाव। ई कदम पोषण के स्तर बनवले रखे आ बचवन के जरुरी प्रोटीन देवे में बहुत जरूरी मानल जा रहल बा।

Post a Comment

0 Comments
* Please Don't Spam Here. All the Comments are Reviewed by Admin.