आखिर हाइवा ट्रक में मिलल कौन अइसन चीज जेके देख के पुलिस रह गइल दंग?
भोजपुरी रोजाना
सारण (बिहार): सारण जिला के मकेर इलाका में शनिचर के साँझ पुलिस के हाथ अइसन चीज लागल कि सबके होश उड़ गइल। पेट्रोल पंप के बगल में खड़ा एगो हाइवा ट्रक पर जब मकेर थाना के पुलिस टीम छापा मारलस, तब ट्रक के भीतर झाँक के सब चौंक गइल। ओह ट्रक में ना ईंटा रहल, ना बालू... बलुक 2574.72 लीटर अंग्रेजी शराब भरल रहल!
सूचना पटना से मद्यनिषेध इकाई के तरफ से मिलल रहे—"मकेर में ट्रक के पेटी में बड़का माल बा!" पुलिस भी देर ना कइलस, तुरत हरकत में अइलस आ जब ट्रक खोलल गइल, त लहरिया बक्सा में पैक बोतल-बोतल अंग्रेजी शराब देख सब सन्न रह गइल।
मौका से दू गो आदमी गिरफ्तार भइल—दीपक कुमार आ पंकज कुमार, दुनो सारण जिला के परसा इलाका के। पूछताछ में दुनो कबूल कइलस कि ई शराब दरियापुर थाना के जमीरा गांव के महेश राय के बा। फेर का रहल, पुलिस सीधा महेश राय के घरे धावा बोललस आ ओकरो धर दिहलस।
महेश राय कोई साधारण आदमी नइखन। पुलिस रिकार्ड में ऊ पहिले से पाँच गो संगीन मामला में नामजद बा—शराब तस्करी से लेके एनडीपीएस एक्ट तक।
ट्रक से शराब के संग-संग दू गो मोबाइल आ एगो जीपीएस डिवाइस भी बरामद भइल, जे शायद खेप ट्रैक करे खातिर इस्तेमाल होत रहे। मकेर थाना के थानाध्यक्ष आ टीम के फुर्ती से ई बड़का शराब खेप पकड़ाइल, जे बाजार में करोड़ों के माल बन सकत रहे।
सवाल अब ई बा कि – "आखिर का अबहियों पूरा जाल उजागर भइल बा, कि खेल अभी बाकी बा?"
सारण पुलिस जाँच में लागल बा आ कहले बिया – हम तैयार बानी, शराब माफिया के कोई रास्ता नइखे!

