सरल महतो के झोपड़ी पर गिरल पीपल के विशाल पेड़, आवागमन रहल पूरी रात बाधित!
रिपोर्ट: वीरेश सिंह
सारण जिला के मांझी-एकमा मुख्य मार्ग पर शनिवार रात एगो बड़ा हादसा हो गइल, जब आदर्श ग्राम पंचायत के निवासी सरल महतो के झोपड़ी पर एगो विशाल पीपल के पेड़ गिर गइल। ई घटना रात्रि लगभग आठ बजे भइल, जवना से सड़क पर आवागमन पूरी तरह बाधित हो गइल। रात भर लोग आवे-जावे से परेशान रहल।
सरल महतो जानकारी देत कहनी कि हादसा के समय उनका पूरा परिवार झोपड़ी में ना रह के दुसर जगह पर रहत रहल, एही से सभे बाल-बाल बच गइल। भगवान के कृपा से कवनो आदमी या मेहरारू के जान के नुकसान नइखे भइल।
घटना के सूचना मिलते दाऊदपुर थाना के प्रभारी तुरंते टीम लेके घटनास्थल पर पहुंचली आ रात भर मजदूरन के सहयोग से पेड़ के काट के सड़क से हटावे के काम शुरू कर देहल गइल। देर रात तक चली मेहनत के बाद सड़क से पूरा पेड़ हटा दिहल गइल आ अहले भोर से आवागमन सामान्य हो गइल।
ई काम में गांव के मुखिया राजेश पांडेय द्वारा पुलिस प्रशासन के भरपूर सहयोग मिलल। ऊ खुद मौके पर मौजूद रहके जाम हटावे में मदद कइले। मुखिया आ पुलिस के सक्रियता से लोगन के राहत मिलल।
घटना के खबर पावत सैकड़ों लोग मौका पर जुट गइल रहले। सभे भगवान के धन्यवाद देत नजर अइलन कि कवनो जान-माल के नुकसान ना भइल।

