पाछे तू पछतइबऽ......

✍️ बिजेन्द्र कुमार तिवारी (बिजेन्दर बाबू)
जइसन करबऽ करम ए बाबू, ओइसन फल तू पइबऽ
कइल तू सत्कर्म नाहीं त, पाछे तू पछतइबऽ
अन्त समय केहु काम ना आई, सभे हाथ छोड़ाई
अपने जामल बिना देर के, मुँह में आग लगाई
देह जरी माटी मिल जाई तू देखत रह जइब
कइल कुछ सत्कर्म नाहीं त पाछे तू पछतइब
साथ रहेला करम कमाई जस बछरू संग गाय
बाकि सब-कुछ छूटे इहवे, साथे कुछ ना जाय
सेवा भजन ना कइल बाबू, का लेके तू जइब
कइल कुछ सत्कर्म नाहीं त पाछे तू पछतइब
धरम करम से धन उपजावऽ, हरि से प्रेम बढ़ावऽ
नेक काम में नेह लगाके, नैतिक राह बनावऽ
कहे बिजेन्दर जइसन करबऽ ओइसन फल तू पइब
कइलऽ कुछ सत्कर्म नाहीं तऽ, पाछे तू पछतइब
✍️बिजेन्द्र कुमार तिवारी (बिजेन्दर बाबू)
गैरतपुर, माँझी, सारण, बिहार
मो. नं. :- 7250299200
