Type Here to Get Search Results !

महापंडित राहुल सांकृत्यायन जी

BKB News Broadcasting 0

महापंडित राहुल सांकृत्यायन जी के जयंती पर भी एम.एच.हाई स्कूल सिवान में अपनी रचना सादर समर्पित करते हुए ✍🏻बिजेंद्र कुमार तिवारी



🌿🌷 महापंडित राहुल सांकृत्यायन जी 🌿🌷


रउवा जइसन ना केहू भी ज्ञानी भइल
महापंडित नाहीं स्वाभिमानी भइल...

शोध भाषा पऽ कइनी अजब ढ़ंग से
रंग दिहनि हे दुनिया के निज रंग से
राउर अब ले ना कवनो भी सानी भइल
महापंडित नाहीं स्वाभिमानी भइल..

कुलवंती का कोखी में जनमल रहीं
गोबर्धन जी का अंगना में चहकल रहीं
अपना करनी से राउर उठानी भइल
महापंडित नहीं स्वाभिमानी भइल...

रउआ किरति से गुंजेला धरती गगन
अब बिजेंदर चाढ़ावेलें सारधा सुमन
राउर साबका से आलगा कहानी भइल
महापंडित नहीं स्वाभिमानी भइल...
🌿🌷🌿🌷🌿🌷🌿🌷




✍🏻बिजेंद्र कुमार तिवारी (बिजेंदर बाबू)
गैरतपुर, मांझी 
सारण, बिहार 
मोबाइल नंबर:-
7250299200

Post a Comment

0 Comments
* Please Don't Spam Here. All the Comments are Reviewed by Admin.