पूर्व सैनिक व रेलकर्मी के निधन
माँझी (बिहार) संवाददाता नितेश सिंह: छपरा जिले के माँझी प्रखंड के शीतलपुर पंचायत की वर्तमान मुखिया पुष्पा देवी के ससुर पूर्व सैनिक व पूर्व रेलकर्मी प्रभुनाथ पाण्डेय के हृदय गति के रुक गईला से आज सोमवार के सुबह निधन हो गईल। उहाँ के कुछ दिन से बीमार चलत रहनी ह। निधन के सूचना पा केशीतलपुर गांव स्थित उनके पैतृक घर पर पार्थिव शरीर के अंतिम दर्शन करे खातिर शीतलपुर पंचायत सहित आसपास के अन्य गांवों के लोग के तांता लग गइल। दोपहर बाद उनके पार्थिव शरीर के अंतिम संस्कार डुमाईगढ़ में सरयु नदी के घाट पर कईल गईल, जहां उनके पार्थिव शरीर पंचतत्व में विलीन हो गइल।
एकरा पहले सारण निकाय एमएलसी पद के महागठबंधन के राजद समर्थित प्रत्याशी सुधांशु रंजन भी आपन समर्थक सहित शीतलपुर मुखिया के घर पर पहुंचनी। एह दौरान उहाँ के उक्त मुखिया के ससुर के पार्थिव शरीर पर आपन श्रद्धा सुमन अर्पित कइनी। एकरा बाद मुखिया प्रतिनिधि जयप्रकाश पाण्डेय से मुलाकात कर परिजन के सांत्वना देकर ढांढस बंधइनी आउर दिवंगत आत्मा के शांति खातिर ईश्वर से प्रार्थना भी कइनी।
ए अवसर पर बरेजा के मुखिया राजेश पाण्डेय, मांझी भाग दो के जिला परिषद प्रतिनिधि ई कमलेश यादव सहित बड़ संख्या में त्रिस्तरीय पंचायत प्रतिनिधि आदि मौजूद रहनी।
