माँझी (सारण) संवाददाता नितेश सिंह: छपरा जिला के माँझी प्रखण्ड के सिंगही गांव में कल गुरुवार के रात कुछ असामाजिक लोग उहाँ के जीउत यादव के दलान के सामने रखल पुआरा में आग लगा दिहल। घटना के बारे में पीड़ित जीउत यादव जी बतयनी ह कि कल राते लगभग एक बजे, आस पास के लोग शोर मचावे लगले। शोर गुल सुन के जब हम घर से बाहर निकल के देखनी, त हमार होश उड़ गइल। हमरे घर के बगल में दलानी पर रखल, हमरे पुआरा में आग लागल रहे। एकरा बाद हम चिलाये लगली। तब आस पास के लोगन के सहयोग से आग बुझल। ए आग लागला से दलानी में बांधल हमार गाय जलके जख्मी हो गईल। अभी ओकर हालत बहुते गम्भीर बा। ओकर बछिया त उहवें पर मर गईल। ई घटना से आस पास के लोग में दहशत फइल गईल बा। अब बगल में लागल सीसीटीवी फुटेज के आधार पर उ असामाजिक लोगन के पहचाने के कोशिश कईल जा रहल बा।