बिहार के छपरा जिले के प्रसिद्ध भोजपुरी कवि श्री अजय सिंह अजनवी आपन भोजपुरी भाषा खातिर हमेशा से संघर्षरत रहिले।आज हमनी के देखल जाए कि अजय जी का कहे के चाहत बानी एगो गीत के माध्यम से आपन देश के प्रधान मंत्री मोदी जी से ।
सुनी अरज हमार
सुनी अरज हमार -2
बस एक बार मोदी जी
कइले बानी रउआ
बहुतों के उद्धार मोदी जी
सुन ली अरज हमार -टेक
रउआ बहुतें बिगड़ल
काम बनवली
कर दी बस एक बार
भोजपुरी भाषा के उद्धार
मोदी जी
सुन ली अरज हमार बस
एक बार मोदी जी
देंदी बस मान्यता भोजपुरी के
हो जाई राउर जनता में
वाह वाह मोदी जी
सुन ली हमार अरज
बस एक बार मोदी जी -टेक
जेह दिन मान्यता मिल जाइ
वो दिन हो जाई भोजपुरी
के कल्याण मोदी जी
सुन ली अरज हमार
बस एक बार मोदी जी -टेक
बहुतें मधुर भाषा ह
मिश्री नियर बोली बा
जे दिन एकर मान्यता
मिली वह दिन हो जाई
राउर जय जय कार मोदी जी
सुन ली अरज हमार
बस एक बार मोदी जी
एकरे खातिर रुकर बा एकर
बिकास मोदी जी
बस एक बार अरज सुन ली
मोदी जी
जिनगी भर होत रही राउर
जय जय कार मोदी जी
■ अजय सिंह अजनवी
छपरा