Type Here to Get Search Results !

का होइ ई देसवा के ?

भोजपुरी रोजाना 0
का होइ ई देसवा के


का होइ ई देसवा के 
जब नेता लोग 
ना सुधरे के 
कसम खइले बा, 
जब सोझ राह 
छोड़ के
टेढ़े धइले बा। 

नेता लोग त 
जवन बा बरले बा, 
लोगवो त लोगवा के 
चैन हरले बा। 

अब त भगवाने मालिक 
बारन एह देश के, 
साबूत त ओ राइए गइल
बेंच खइहें अवशेष के। 





              अजय सिंह अजनवी

                      छपरा


Post a Comment

0 Comments
* Please Don't Spam Here. All the Comments are Reviewed by Admin.