![]() |
ताजपुर छपरा: आज करीब 10 बजे मौसम में आइल बदलाव के कारण अचानक आकाश से तड़ित के गिर गइला से एगो मासूम के जान चल गइल।
जानकारी के अनुसार बतावल जात बा कि ई घटना छपरा जिला के मांझी प्रखंड के ताजपुर गांव के ह। ताजपुर फुलवरिया निवासी स्वर्गीय नन्हक महतो पिता स्वर्गीय खेदू महतो के 11 वर्षीय पुत्र मुन्ना महतो आज सुबह आपन खेत मे धान के बिया देखे आपन छोट भाई संघे कॉलेज के तरफ गइल रहले। मौसम के मिजाज देख के छोटका भाई एगो ट्रक के नीचे लुका गइलरहस। बड़का भाई अभी साइकिल पर ही रहले तब तक आकाश से मौत बन के बिजली गिर गइल। उ मासूम उंहे तड़प के मर गइल छोटका भाई के आंख के सामने। छोटका भाई के चीत्कार से अगल बगल से दु चार गो लोग आ के देखलस । लेकिन अब कईल का जा सकेला। उनकरा के कोरा में लेके जैसहे घर पर आइल उनकर विधवा माँ दहाड़ दहाड़ के रोये लगली।
उन कर तीन गो बेटा। ई मझिला बेटा सबसे होनहार। मात्र 11 साल के रहल लेकिन मेहनत मजदूरी कर के आपन अऊर परिवार के पेट भरत रहल। भगवान त बचपन मे ही बाप के छीन ले ले रहस। ई बच्चा लोग माँ के एगो सहारा रहलन। ई अइसन दर्दनाक घटना से टोला महल्ला के लोग भी विचलित हो गइल बा। पूरा गांव में सन्नाटा छा गइल बा।
समाचार तक बहुत से गणमान्य लोग जैसे मांझी भाग 2 के पूर्व जिला पार्षद धर्मेंद्र सिंह समाज, राजद के छपरा जिला के उपाध्यक्ष विजय सिंह, पूर्व उपप्रमुख रामकिशुन सिंह, पूर्व सरपंच अजय सिंह,साधु दुबे,निरंजन सिंह,हरेंद्र महतो,शिक्षक बी के भारतीय, आदि पहुँच के सांत्वना देहनी ह। सी ओ आ थाना के सूचना दे देहल बा। ओ मासूम के पोस्टमार्टम खातिर गाड़ी के राह देखल जा रहल बा।