माँझी के मोनू दरभंगा में भइले सम्मानित
*कामेश्वर सिंह दरभंगा संस्कृत विश्वविद्यालय के कुलपति प्रो0 शशिनाथ झा जी कईनी सम्मानित
भोजपुरी रोजाना/माँझी (बिहार) बी के भारतीय: राष्ट्रीय सेवा योजना के तत्वावधान में विगत 25 से 31 मई तक रजा एल.एन.खान महिला महाविद्यालय पश्चिम बंगाल के मेदिनीपुर में चलल सात दिवसीय “राष्ट्रीय एकीकरण शिविर” से लौटला के बाद रामेश्वरलता संस्कृत महाविद्यालय, दरभंगा के छात्र आ सारण के माँझी प्रखण्ड के घोरहट रहनियर मोनू कुमार मिश्रा जी के कामेश्वर सिंह दरभंगा संस्कृत विश्वविद्यालय कुलपति प्रो0 शशिनाथ झा तथा महाविद्यालय के प्रधानाचार्य डॉ0 दिनेश झा के हाथों सम्मानित कईल गईल।
ए मौका पर कुलपति प्रोफेसर शशिनाथ झा जी बधाई देत कहनी कि मोनू कुमार मिश्रा के शिविर खातिर चयन भईला के बाद से पूरा विश्वविद्यालय मे खुशी के माहौल बा। इनका से आउर भी दोसरा लईकन के प्रेरणा मिली। मोनू मिश्रा के ई उपलब्धि पर एन.एस.एस कार्यक्रम पदाधिकारी डॉ0 मुकेश प्रसाद निराला, वरीय प्राध्यापक डॉ0 वागीश मिश्र, डॉ0 विजय मिश्र, डॉ0 प्रमोद मिश्र, डॉ0 ध्रुव मिश्र, डॉ0 ममता पांडेय, डॉ0 निशा, डॉ0 मैथिली कुमारी, प्रो0 प्रियंका तिवारी, प्रो0 पवन कुमार झा, डॉ0 शालिनी त्रिपाठी, डॉ0 राजकिशोर मिश्र, श्री पंकज मोहन झा आ समस्त छात्र-छात्रा लोग बधाई दिहनी।