Type Here to Get Search Results !

सारण: दीवार गिरला से दब के एगो महिला के हो गइल मौत

भोजपुरी रोजाना 0

सारण: दीवार गिरला से दब के हो गइल एगो  महिला के मौत

दाउदपुर (बिहार): संवाददाता वीरेश सिंह: पति के खाना दे के बइठल महिला के ऊपर अचानक घर के दीवार गिर गइला से दबकर मौत हो गईल। प्राप्त जानकारी के अनुसार काल्हे देर शाम करीब पौने नौ बजे बिना हवा पानी के छपरा जिले के दुमदुमा गाँव के स्टेशन के समीप रामावतार राय के पत्नी पवित्रा देवी के ऊपर ईट के दीवार भड़भड़ाके गिर पड़ल। ए घटना के बाद परिजनों में चिखपुकार मच गयील, तब स्थानीय लोग के सहयोग के बाद दीवार से दबल महिला के बाहर निकालल गइल, तबतक उनकर मौत हो गइल रहे। ए घटना के बाद परिजनों में कोहराम मच गइल। इ घटना के सूचना स्थानीय पुलिस के मिलते ही दाउदपुर पुलिस घटनास्थल पर पहुच के मृत महिला के शव के  अपन कब्जे में लेकर पोस्टमार्टम खातिर छपरा सदर अस्पताल भेज देहल। वही चिकित्सक पोस्टमार्टम के बाद शव के परिजन के सौप दिहलन। 50 वर्षीय पवित्रा देवी आपन पीछे भरा पुरा परिवार छोड़ के चल गईली। मृतक के तीन पुत्र पप्पू कुमार, राजू, राजेश और तीन विवाहित पुत्री बाड़ी। पवित्रा गाँव के ही एगो मध्य विद्यालय दुमदुमा -एक मे रसोइया के काम करत रहली। उनकर मौत के सूचना पर विद्यालय में शोक सभा कईल गईल अउर उनकर आत्मा के शांति खातिर प्रार्थना कईल गईल।

Post a Comment

0 Comments
* Please Don't Spam Here. All the Comments are Reviewed by Admin.