माँझी (सारण) संवाददाता मनोज सिंह: छपरा जिला के माँझी प्रखण्ड में शनिवार के माँझी-ताजपुर मेन रोड पर डुमरी गाँव के लगे एगो ट्रैक्टर के ठोकर से बाइक सवार गम्भीर रूप से जख्मी हो गइले। जख्मी बाइक सवार के आस पास के लोग द्वारा सरकारी अस्पताल पहुँचावल गइल। लेकिन डॉक्टर के द्वारा प्राथमिक उपचार कईला के बाद चिंताजनक स्थिति में बेहतर इलाज खातिर छपरा सदर अस्पताल भेज देहल गईल। जख्मी युवक सिवान जिला के दरौंदा थाना क्षेत्र के मण्डरौली गांव निवासी बीरेंद्र शर्मा के पुत्र सोनू कुमार बतावल जात बा। उहें घटना के सूचना मिलते ही माँझी थाना पुलिस द्वारा घटना स्थल पर पहुँच के दुनो गाड़ी के जब्त कर लेहल गईल बा।