ब्रेकिंग न्यूज़: भोजपुरी रोजाना
बैरिया (उत्तरप्रदेश) माँझी-बैरिया सड़क पर एगो ऑटो चालक के ट्रक के कुचल गइला से मौके पर ही मौत हो गईल। बतावल जात बा कि उ आदमी आपन परिवार के भरण-पोषण ऑटो चला के ही करत रहलन ह। आज अचानक ट्रक से कुचल गईला के बाद उनका परिवार पर दुख के पहाड़ खड़ा हो गईल। इ व्यक्ति के पहचान बैरिया के चांद दियारा निवासी जयप्रकाश उर्फ जे पी के रूप में भईल ह।
घटना की सूचना पाके उत्तर प्रदेश पुलिस घटनास्थल पर पहुंच गईल अउर शव के पोस्टमार्टम खातिर भेज देहल गईल।