Type Here to Get Search Results !

एकमा: होली भईल गमगीन, पोखरा में एगो लईका के डूब के मौत

भोजपुरी रोजाना 0
एकमा (बिहार) संवाददाता वीरेश सिंह: छपरा जिले के एकमा थाना क्षेत्र के पचूआ गांव में आज होली के दिने शनिवार के पोखरा में नहात एगो लईका के डूब के मौत हो गईल। मिलल जानकारी के अनुसार उ लईका सीवान जिला के भगवानपुर थाना क्षेत्र के पिपरहिया गांव के अशोक सिंह के पुत्र रहन जे आपन मामा पचुआ गांव निवासी तारकेश्वर सिंह के इहाँ रह के पढ़ाई करत रहन। ए घटना के बाद परिवार में कोहराम मच गईल आउर रोवन पीटन से पूरा माहौल गमगीन हो गईल। उहें सुचना लेके पहुंचल पुलिस  शव के आपन कब्जे में ले के पोस्टमार्टम खातिर छपरा सदर अस्पताल भेज देहल।

Post a Comment

0 Comments
* Please Don't Spam Here. All the Comments are Reviewed by Admin.