Type Here to Get Search Results !

ताबाह कइले : बिजेन्दर बाबू

भोजपुरी रोजाना 0
ताबाह कइले : बिजेन्दर बाबू
                              
                                 *
जिव जिव रे सुपनेखिया वाह वाह कइले।
नइहर से ससुरा सब ताबाह कइले।।
     *
नाक काटी लछुमन जी जग में पूजइलें।
मान कइके रावण आपन कुल सब गँवइलें।।

मिट गइल देखऽ उनकर सब प्रभुताई।
चउकड़ी बहत्तर के कइल कामाई।।
जवन मन में रहे तवन चाह कइले।
नइहर से ससुरा ताबाह कइले।।
  *
नइहर में खा गइले भाई आ भतिजा।
जाहाँ जाहाँ गइले नाश कइले ओहिजा।।
दिया नहीं बारे वाला बाँचल नइहर में।
मचल हाहाकार रहे गाँव आ शहर में।।
बाकी...
तेहुँ नाही कबो उँह-आँह कइले,
नइहर से ससुरा ताबाह कइले।।
 *
कहेलें बिजेन्दर कइले इज्जत उघार
जाने काहाँ मिलल तोरा इहो संस्कार
निमन बने में उघार कइले, 
नइहर से ससुरा ताबाह कइले
                               *

बिजेन्द्र कुमार तिवारी
🙏बिजेन्दर बाबू🙏
गैरतपुर, माँझी
सारण, बिहार
मोबाइल नंबर:- 7250299200

Post a Comment

0 Comments
* Please Don't Spam Here. All the Comments are Reviewed by Admin.