Type Here to Get Search Results !

मांझी : दिनदहाड़े बाइक लुटा गइल बिहार में प्रशासन के खौफ खत्म हो गइल

भोजपुरी रोजाना 0
मांझी (सारण) : बिहार में सुशासन बाबू के सरकार बा। ई बहुते सुने के मिलल बा। लेकिन धरातल पर ई बात केतना सच बा, ई त आम नागरिक के जेहन में बा। 
मंगलवार काल्हे  मांझी प्रखंड के मरौरी देवी स्थान से एगो शिक्षक के दिन दहाड़े लूट लिहल गइल। 
जानकारी के मुताबिक समाचार ई बा कि काल्हे मंगलवार के शिक्षक धनयंजय महतो आपन हीरो  कम्पनी के मोटरसायकिल लेके मरौरी देवी स्थान से गुजरत रहलें। ओहि समय तीन गो बदमाश दोसरा मोटरसायकिल से उनका पीछा कइलन। बीच रास्ता में जब फांका मिलल त उनका के रोक के चाकू के भय पर उनकर मोटरसायकिल के साथे साथे उनकर मोबाइल आउर पर्स छीन के भाग गइले। 
धनयंजय जी के मुताबिक उनकर मोटरसायकिल चांदी और काला रंग के स्पेल्डर प्लस हिय। वोकर नमर बीआर 29 V2807 ह। 
ई घटना से दुखी धनयंजय जी आपन शिकायत महम्मदपुर पुलिस चौकी पर लिखवा देले बानी लेकिन पुलिस के नजर अभी तक बदमासन पर नइखे परल। अभी तक कौनो गिरफ्तारी नइखे भईल।
मामला के समाधान त बिहार में केतना होई ई त सब केहू जानत बा, लेकिन अइसन घटना आजकल रोज हो रहल बा। मांझी थाना एतना मुस्तैदी से काम कर रहल बिया की बदमासन के मनोबल बढ़ गइल बा। ई आपन बिहार के हाल बा कि अब फिर से केहू अकेला बाइक पर घूमे से डेरा रहल बा। 

Post a Comment

0 Comments
* Please Don't Spam Here. All the Comments are Reviewed by Admin.