Type Here to Get Search Results !

बघौना में अचानक तड़का गिरला से 3 गो बिजली के मीटर जर गइल

भोजपुरी रोजाना 0
बघौना सिसवन: (अखिलेश्वर कुमार के रिपोर्ट) सिसवन प्रखंड के बघौना गांव में आज अचानक भिशाहरा करीब 10 बजे बारिस के साथ तड़का गिर गइल ह, जवना से तीन आदमी के घर देवनाथ पंडित, शंकर पंडित आउर जनक पंडित के बिजली वाला मीटर में आग लाग के जर गइल ह। खैर राहत के बात ई बा कि एह से कौनो आदमी के आ चाहे माल गोरु के नुकसान ना भईल ह। 
अब सुबह से लोग डरे सहमल बाड़ें। बिजली विभाग के खबर कर देहल बाटे। 

Post a Comment

0 Comments
* Please Don't Spam Here. All the Comments are Reviewed by Admin.