💐 अपील
माँझी नगर पंचायत के 28 दिसम्बर के होखे वाला चुनाव में शामिल मुख्य पार्षद उप मुख्य पार्षद आउर वार्ड पार्षद महिला पुरुष प्रत्यासी लोगन से अनुभव जिंदगी का सामाजिक मीडिया ग्रुप के माध्यम से कुछ निहोरा कइल चाहतानी। सबसे पहिले हम रउआ सभन के सादर नमस्कार कर तानी। रउआ सभन आपन घर-परिवार, खेती-बारी, बर-बिजनेस छोड़ के समाज सेवा के संकल्प ले के चुनाव मैदान में कुदल बानी। एह संकल्प के हम प्रणाम करत बानी। ई सच्चाई बा कि राउर संकल्प से माँझी के विकास में एगो आशा के किरण जागल बा। चुनाव में जीत आ हार त लोकतंत्र के एगो प्रक्रिया ह। चुनाव में वोट सबका मिलेला। उ वोट केहू खातिर सबब बनेला आउर केहू खातिर सबक बनेला। केहू प्रत्यासी के एक सौ वोट मिली चाहे एक हजार मिली। उ मतदाता के रउआ से एगो अइसन दिली जुड़ाव होइ जवन जिंदगी भर बनल रही। सचमुच रउआ अपना मतदाता के नेता रहब। चुनाव में एगो पद पर एकही प्रत्यासी जीती। जे जितेला उ सबकर प्रतिनिधि होला इहे लोकतंत्र के परम्परा ह। चुनाव प्रचार के बेरा सब प्रत्यासी समाज खातिर आपन कइल उपलब्धि के चर्चा करें ला आ सामने वाला प्रत्यासी के कमी गिनावे ला। 28 के चुनाव होइ 30 के गिनती होइ। चूंकि राजनीति भी एगो खेल ह। खेल खतम भइला के बाद सब खेलाड़ी अपना अपना शिविर में लौट जाला। खेल में विजेता आ उपविजेता होला। केहू हारे ला ना। इहे भाव मन में रख के चुनाव वाला खेल में उतरे के चाही। भाव इहे रखे के चाही। तबे एक एक मतदाता के कल्याण होइ। डंडेड बांट के चले वाला कभी सच्चा नेता ना बन सकेला। चुनाव लड़े वाला बिचार आ भाव के लड़ाई लड़े ला। एह लड़ाई में बैर भाव ना रखे के चाही। सबका बीच मिल्लत आ भाई चारा बनल रहे के चाही। तबे एक एक मतदाता के अरमान पूरा होइ। हमनी के माँझी नगर पंचायत में बहुत गरीबी बा। चंद लोग अमीर बा। हंसी खुशी सबका दाल रोटी मिले एकर प्रयास सबका करे के बा। बहुत सारा समस्या बा जवना के निदान पंचायत के माध्यम से ना हो सकल। अब नगर पंचायत के माध्यम से होइ। हम रउआ सभन के एगो भरोसा दे तानी। राउर वोट रूपी आशीर्वाद चाहे जेकरा मिली उ राउर सेवा जरूर करी। काहे से कि राउर सेवा करे से पीठ देखावे वाला के सामने हम खड़ा जरूर मिलब। जीते वाला के राउर काम त करे के पड़ी। ई हमार संकल्प बा। हम उनका के चैन से सुते ना देब। हमार भरोसा करीं। चुनाव जीते वाला के पग पग पर हम सहयोग करब आ जरूरत पड़ी त उनकर गलत काम के हम डट के विरोध करब। अंत में हम सबका से आग्रह करब की रउआ दिल आ दिमाग से सोच समझ के बिना लालच आ भय के 28 के बूथ पर जाइ आ जा के मतदान जरूर करीं।
