Type Here to Get Search Results !

मनीष के तिलक में मिलल सैकड़ो आशिर्वाद

भोजपुरी रोजाना 0

सारण (बिहार) संवाददाता वीरेश सिंह: छपरा सदर प्रखंड के मेहरौली गांव के समाज सेवी अरुण सिंह के पुत्र मनीष कुमार सिंह आ सारण के ही दिघवारा प्रखंड के मिश्रीलाल सिंह के पुत्री रंजू के तिलोकत्सव पूरा हिन्दू रीति-रिवाज से संपन्न भईल। इ तिलक में सैकड़ो लोग आशीर्वाद देत देखल गईले ह। एकरा विषय मे जानकारी देत और दूल्हा के तारीफ करत सेवानिवृत्त डॉ पशुपति नाथ जी कहनी ह कि मनीष बबुआ बहुत ही कर्मठ युवक हई। इंकर काम करे के अंदाज बहुते सराहनीय बा। ई आपन दमखम पर ही परिवार के आगे बढ़ावे के काम करत बाड़े। आज के इ मौका पर मनु सिंह, विवेकानंद सिंह, छोटु कुमार, रजनीश कुमार, पंचम कुमार, हाकिम सिंह, मनोज सिंह वगैरह सैकड़ों लोग उपस्थित रहनी।

Post a Comment

0 Comments
* Please Don't Spam Here. All the Comments are Reviewed by Admin.