6 जुलाई से खुल सकेला स्कूल कॉलेज! - शिक्षा मंत्री
Tuesday, June 29, 2021
0
पटना बिहार : बिहार के शिक्षा मन्त्री विजय कुमार चौधरी आज प्रेस से बात करत में ई इशारा कएले ह की 6 जुलाई के बाद स्कूल आ कॉलेज खोलल जा सकेला।
बिहार में कोरोना से संक्रमण के दर अब कम होखल जात बा। दिन प्रतिदिन स्थिति में सुधार अगर एहि तरी होत रही त 6 जुलाई के बाद चरणबद्ध तरीका से शिक्षण संस्थान खुली।
पहिलका चरण में विश्विद्यालय आउर महाविद्यालय दुसरका चरण में उच्च और उच्चतर विद्यालय आउर तिसरका चरण में प्राथमिक आउर मध्य विद्यलाय खोले के आदेश देहल जाई।
शिक्षक लोग के ई ईगो जिम्मेदारी रही कि लोग में जागरूकता लाए जौना से टीकाकरण के गति तेज हो सके।
Tags