Type Here to Get Search Results !

मांझी: इनोवा से 457ली0 शराब जब्त

भोजपुरी रोजाना 0

 


मांझी: इनोवा से 457ली0 शराब जब्त

माँझी(संवादाता राजीव सिंह): छपरा जिला के माँझी थाना क्षेत्र के बलिया मोड़ से मांझी थाना पुलिस आज 457 लीटर शराब लदल एगो इनोवा कार जब्त कइलन ह। लगातार दूसरा दिन ई शराब के धंधा में लोग पकड़ा ह। ई अभियान में दू गो शराब के तस्कर लोग के पकड़ के गिरफ्तार कर लिहल बा। ई कारवाई गाड़ी सब के  चेकिंग के घड़ी कईल गइल ह। 
      बतावल जात बा कि बलिया मोड़ पर जोरदार वाहन जांच चल रहल बा। एही जांच में यूपी के तरफ से एगो इनोवा कार आवत देखल गइल। ओह पर संदेह भईल त ड्यूटी पर लागल पुलिस लोग ओ के रोक देहलन। पहिले त ओह में बइठल लोग शराब आ चाहे कुछ रखला से इनकार कर देहलन लेकिन चेक कईला पर 457 लीटर शराब मिल गइल। ई शराब चुरा के अंदर बक्सा में रखल गइल रहे। गिरफ्तार लोग में एगो आदमी  सोनू कुमार  हरियाणा के रोहतक जिला के आउर दूसर राकेश कुमार भी हरियाणा के रोहतक जिला के मोहेम थाना के रूप में पहचान भ गइल बा। पुलिस लोग ई लोगन से पूछ ताछ में लागल बाड़े कि आउर कौनो जानकारी मिल जाए। ई घटना के जानकारी मांझी थाना के थानाध्यक्ष विकास कुमार सिंह जी देहले बानी।

Post a Comment

0 Comments
* Please Don't Spam Here. All the Comments are Reviewed by Admin.